लइकी के जान ले लिहल दबाव, दुष्प्रेरण के आरोपी बाल अपचारी पुलिस के हत्था चढ़ल


लइकी के जान ले लिहल दबाव, दुष्प्रेरण के आरोपी बाल अपचारी पुलिस के हत्था चढ़ल

कुशीनगर। जनपद कुशीनगर के रविन्द्रनगर धूस थाना इलाका में आत्महत्या के दुखद प्रकरण के पुलिस आखिरकार खुलासा कर लिहलस। शनिचर के दिन थाना पुलिस एगो बड़ा कार्रवाई करत वांछित बाल अपचारी के अभिरक्षा में ले लिहलस।

जानकारी के मुताबिक, इलाका के एगो लइकी कुछ दिन पहिले मानसिक दबाव आ सामाजिक टेंशन से तंग आके आपन जान दे देले रहली। लइकी के परिवार थाना रविन्द्रनगर धूस में तहरीर दिहलस कि बाल अपचारी समेत कुछ लोग लगातार तंग करत रहलें आ दुष्प्रेरण देके ऊ बच्ची के आत्महत्या खातिर मजबूर कइले रहलें।

एही तहरीर पर मुकदमा पंजीकृत भइल— मु0अ0सं0 141/2025 धारा 108 बीएनएस थाना रविन्द्रनगर धूस, जनपद कुशीनगर। घटना के गंभीरता देखत पुलिस कप्तान संतोष कुमार मिश्रा तत्काल टीम बना के गिरफ्तारी के आदेश दिहलस।

शनिचर के दिन थाना प्रभारी निरीक्षक ओमप्रकाश तिवारी, उ0नि0 गनेश प्रजापति आ हे0का0 चन्द्रजीत यादव के टीम आरोपी बाल अपचारी के पकड़ लिहलस आ अब कानूनन अगिला कार्रवाई होत बा।

कुशीनगर पुलिस साफ कहलस कि अपराध चाहे बाल अपचारी करसु चाहे बालिग, दबाव आ दुष्प्रेरण से लइकी के जान गइल बा, आ एमें जवन भी दोषी पावल जाई, उनकरा खिलाफ कड़ा से कड़ा कार्रवाई होई।

जनपद कुशीनगर में पुलिस कप्तान के अगुवाई में अपराध आ अपराधियन पर नकेल कसत अभियान जारी बा, आ जनता के सुरक्षा आ न्याय पुलिस के पहिलका प्राथमिकता बा।

रिपोर्ट: के.एन. साहनी


Related Post

Leave a Comment